dcsimg

सतावर ( Bihari languages )

provided by wikipedia emerging languages

सतावर (Asparagus racemosus (ऐस्पेरेगस रेसीमोसस)) लिलिएसी कुल के जड़ी-बूटी हवे। एकरा के शतावर, शतावरी, सतावरी, सतमूल और सतमूली नियर ढेर सारा नाँव से जानल जाला। ई बूटी भारत, श्री लंकानेपाल में पहाड़ी इलाका के निचला हिस्सा में पैदा होले। एकर ओधी कई शाखा वाला लता के रूप में दो मीटर तक लम्बा होला। सोरि झकड़ादार होले।

एकर बिबिध आयुर्वेदिक आ खरबिरउआ दवाई सभ में इस्तमाल होला। खासतौर पर ई औरतन के कई ठो बेमारी में टॉनिक के काम करे ले। बच्चा होख्ले के बाद दूध बढ़ावे खातिर बीरो में पीस के मिलावल जाला।

गैलरी

संदर्भ

  1. 1.0 1.1 1.2 "Asparagus racemosus information from NPGS/GRIN". Germplasm Resources Information Network]]. USDA. अगस्त 6, 2002. पहुँचतिथी अप्रैल 25, 2009.

license
cc-by-sa-3.0
copyright
Wikipedia authors and editors