मच्छर (Mosquito) एक किसिम के, छोट साइज के जीव हवे जे जीव बिज्ञान के बर्गीकरण में माछी सभ के बंस (डिप्टेरा) में आवे ला। ई दू पाँख वाला, छोटहन किरौना कई किसिम के बैक्टीरिया सभ के फइलावे आ एह कारन कई किसिम के बेमारी सभ के वाहक जीव के रूप में जानल जाला। आमतौर पर ई दुनियाँ के सगरी इलाका में पावल जालें हालाँकि, नम-गरम इलाका सभसे ढेर मच्छर वाला होखे लें।
मच्छर द्वारा फइले वाली बेमारी सभ में सभसे आम बेमारी मलेरिया बा। एकरे आलावा काला अजार, डेंगू, जापानी एन्सेफेलाइटिस नियर कई गो अउरी घातक बेमारी मच्छर द्वारा फइले लीं।
आमतौर पर मच्छर पानी के आसपास के इलाका में पावल जालें आ गड्ढा, गड़ही, नाबदान इत्यादि के पानी में आपन अंडा देलें। अंडा से लार्वा निकले ला आ लार्वा बड़ होखे पर पाँख निकले के बाद मच्छर बन जाला। ई एकलिंगी जंतु हवे, मने कि नर-मादा के रचना अलग अलग किसिम के होले। आदमी आ जानवर सभ के खून चूसे के काम खाली मादा मच्छर करे लीं जब इनहन के प्रजनन काल होला। बाकी समय में नर आ मादा दुनों किसिम के मच्छर पेड़-पौधा सभ के रस चूसे लें।